ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा Ae Bhole Baba Lyrics – Pawan Singh In Hindi

SHARE:

ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा Ae Bhole Baba Lyrics – Pawan Singh In Hindi

ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा लिरिक्स, Ae Bhole Baba Lyrics
ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा लिरिक्स, Ae Bhole Baba Lyrics

यहाँ – ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा लिरिक्स, Ae Bhole Baba Lyrics – Pawan Singh दिया गया है-

भजन – ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा लिरिक्स

देखि ! कैलाश पर्वत पे
भोले बाबा गहरी नींद में सुतल बाड़े
बिहान हो गईल बा ऐ भईया
माता पार्वती जी कईसे भोले बाबा के जगावतानी
भाव बा |

कुहू कुहू बोलेले कोयलिया सगरो शोर होता
शोर होता |
उगले सुरुज देव जग में सगरो अंजोर होता
अंजोर होता |
आ दर्शन करे खातिर भक्तन के जुटनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा |
अब बिहनवा भईले ना ||
बिहनवा भईले ना | बिहनवा भईले ना |

रउवे इशारा पs चलेले ई धरतिया
रउवे हई संचालक जी
कईसे पोसईहे परानी के परनवा
सुतले रहीहे जब पालक जी
देखी ना परोसल बावे भंगिया के थाली
उठ जाई हाली हाली भोगवा लगाली
लिलरा ना लउके अंजोर की दिनचनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा |
अब बिहनवा भईले ना ||

तुरी के ध्यान हाली कs ली स्नान
राउर जाटा हम ठीक से सजा दिहि
सउसे पहड़िया परल बाटे सून धून
डमरू के तनी सा बजा दिहि
मानी ऐ स्वामी जी अब हमरो कहलका
सभे भईल चिंतित देखी के सुतलका
हिले ना पतईयो अरे लागता उदास
पवनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा |
अब बिहनवा भईले ना ||

 


SHARE: