Top 10 Chhath Geet Lyrics, 10 सुपरहिट छठ गीत लिरिक्स (छठ गीत लिखा हुआ)
छठ माता का यह पर्व बिहार ही नहीं अपितु पुरे देश में धूम – धाम से मानाया जाता है, सूर्य देव को अर्घ्य देकर इस व्रत को संपन्न किया जाता है, कहा जाता है कि यह व्रत संतान के लिए किया जाता है | आप सभी भक्त प्रेमिय के लिए मैंने अपने इस आर्टिकल में छठ मैया का 10 सुपरहिट छठ गीत लिरिक्स व chhath song video भी दिया है | 10 सुपरहिट छठ गीत लिरिक्स, Chhath geet lyrics
1. कांच ही बांस के बहंगिया लिरिक्स, Chhath geet lyrics
कांच ही बांस के बहंगिया,
कांच ही बांस के बहंगिया,
बहंगी लचकत जाए,
बहंगी लचकत जाए ||
होए ना बलम जी कहरिया ,
बहंगी घाटे पहुंचाए,
बहंगी घाटे पहुंचाए |
कांच ही बांस के बहंगिया ,
बहंगी लचकत जाए,
बहंगी लचकत जाए ||
बाट जे पूछे ना बटोहिया ,
बहंगी केकरा के जाय,
बहंगी केकरा के जाय |
तू तो आंध्र होवे रे बटोहिया ,
बहंगी छठ मैया के जाए,
बहंगी छठ मैया के जाए |
वह रे जे बाड़ी छठी मैया ,
बहंगी उनका के जाए,
बहंगी उनका के जाए|
कांच ही बांस के बहंगिया
बहंगी लचकत जाए,
बहंगी लचकत जाए ||
होए ना देवर जी कहरिया ,
बहंगी घाटे पहुंचाई,
बहंगी घाटे पहुंचाई ||
वह रे जो बाड़ी छठी मैया
बहंगी उनका के जाए,
बहंगी उनका के जाए ||
बाटे जे पूछे ना बटोहिया
बहंगी केकरा के जाय,
बहंगी केकरा के जाय ||
तू तो आन्हर होय रे बटोहिया
बहंगी छठ मैया के जाए,
बहंगी छठ मैया के जाए ||
वह रे जय भइली छठी मैया ,
बहंगी उनका के जाए,
बहंगी उनका के जाए ||
2. उगा हे सूरज देव भोर भिनसरवा लिरिक्स, Chhath geet lyrics
गीत- उगा हे सूरज देव भोर भिनसरवा
सिंगर- अनुराधा पौडवाल
उगा हे सूरज देव भोर भिनसरवा,
उगा हे सूरज देव भोर भिनसरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
बड़की पुकारे देव दुनु कर जोरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
बाझिन पुकारें देव दुनु कर जोरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
अन्हरा पुकारे देव दुनु कर जोरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
निर्धन पुकारे देव दुनु कर जोरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
कोढ़िया पुकारे देव दुनु कर जोरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
लंगड़ा पुकारे देव दुनु कर जोरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
उगह हे सूरज देव भेल भिनसरवा,
अरघ के रे बेरवा हो पूजन के रे बेरवा हो ||
अन्य मनमोहक भजन-
3. नारियल जे फरेला खवद से लिरिक्स, Chhath geet lyrics
गीत- नारियल जे फरेला खवद से
सिंगर- चेतना
नारियल जे फरेला खवद से,
नारियल जे फरेला खवद से,
ओह पर सुगा मेड़राए,
ओह पर सुगा मेड़राए ||
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय,
सुगा दिहली जुठियाय ||
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए,
सुगा गिरे मुरझाए ||
ऊ जे केरवा जे फरेला खबद से
ओह पर सुगा मेड़राए,
ओह पर सुगा मेड़राए ||
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय,
सुगा दिहली जुठियाय ||
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए,
सुगा गिरे मुरझाए ||
अमरुदवा जे फरेला खवद से
ओह पर सुगा मेड़राए,
ओह पर सुगा मेड़राए ||
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय,
सुगा दिहली जुठियाय ||
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुख से
सुगा गिरे मुरझाए,
सुगा गिरे मुरझाए ||
ऊ जे सेववा जे फरेला खबद से
ओह पर सुगा मेड़राए,
ओह पर सुगा मेड़राए ||
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय,
सुगा दिहली जुठियाय ||
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुष से
सुगा गिरे मुरझाए,
सुगा गिरे मुरझाए ||
सभे फलवा जे फरेला खवद से
ओह पर सुगा मेड़राए,
ओह पर सुगा मेड़राए ||
ऊ जे ख़बरी जनैबो अदित से
सुगा दिहली जुठियाय,
सुगा दिहली जुठियाय ||
ऊ जे मारबो रे सुगवा धनुष से
सुगा गिरे मुरझाए,
सुगा गिरे मुरझाए ||
ऊ जे सुगनी जे रोवेली वियोग से,
आदित होई ना सहाय -2
देव होई ना सहाय,
आदित होई ना सहाय,
देव होई ना सहाय ||
4. केलवा के पात पर उगे लन सुरुजमल लिरिक्स, Chhath geet lyrics
गीत- केलवा के पात पर उगे लन सुरुजमल
सिंगर- शारदा सिन्हा
केलवा के पात पर उगे लन सुरुजमल झांके झुके,
केलवा के पात पर उगे लन सुरुजमल झांके झुके ||
के करेलू छठ बरतिया से झांके झुके,
के करेलू छठ बरतिया से झांके झुके ||
हम तोहसे पूछी बरतिया ए बरतिया के केकरा लागी,
हम तोहसे पूछी बरतिया ए बरतिया के केकरा लागी ||
के करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी,
के करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी ||
हमरो जे बेटवा तोहन अइसन बेटावा से उनके लागी,
हमरो जे बेटवा तोहन अइसन बेटावा से उनके लागी ||
से करेली छठ बरतिया से उनके लागी,
से करेली छठ बरतिया से उनके लागी ||
अमरूदिया के पात पर उगे लन सुरुजमल झांके झुके,
अमरूदिया के पात पर उगे लन सुरुजमल झांके झुके ||
के करेलू छठ बरतिया से झांके झुके,
के करेलू छठ बरतिया से झांके झुके ||
हम तोहसे पूछी बरतिया ए बरतिया के केकरा लागी,
हम तोहसे पूछी बरतिया ए बरतिया के केकरा लागी ||
के करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी,
के करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी ||
हमरो जे स्वामी तोहन अइसन स्वामी से उनके लागी,
हमरो जे स्वामी तोहन अइसन स्वामी से उनके लागी ||
से करेली छठ बरतिया के उनके लागी,
से करेली छठ बरतिया के उनके लागी ||
नारियर के पात पर उगे लन सुरुजमल झांके झुके,
नारियर के पात पर उगे लन सुरुजमल झांके झुके ||
के करेली छठ बरतिया से झांके झुके,
के करेली छठ बरतिया से झांके झुके ||
हम तोहसे पूछी बरतिया ए बरतिया से केकरा लागी,
हम तोहसे पूछी बरतिया ए बरतिया से केकरा लागी ||
के करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी,
के करेलू छठ बरतिया से केकरा लागी ||
हमरो जे बेटी तोहन बेटिया से उनके लागी,
हमरो जे बेटी तोहन बेटिया से उनके लागी ||
से करेली छठ बरतिया से उनके लागी,
से करेली छठ बरतिया से उनके लागी ||
5. छठी मैया के ऊँची रे अररीया लिरिक्स, Chhath geet lyrics
गीत-
सिंगर- प्रियंका सिंह
छठी मैया के ऊँची रे अररीया,
ओह पर चढ़लो ना जाए ||
छठी मैया के ऊँची रे अररीया,
ओह पर चढ़लो ना जाए ||
लिही न कवन देव कुदरिया,
घटिया दिही न बनाय |
लिही न कवन बाबू कुदरिया,
घटिया दिही न बनाय ||
पेहनी न कवन देव पियरिया,
चली अरघ दियाय |
पेहनी ना कवन बाबू पियरीया,
चली अरघ दियाय ||
काँच ही बाँस बसहर घरवा लिरिक्स, Chhath geet lyrics
काँच ही बाँस बसहर घरवा,
हे कदम जुड़े गाछ,
हे कदम जुड़े गाछ ||
काँच ही बाँस बसहर घरवा,
हे कदम जुड़े गाछ,
हे कदम जुड़े गाछ ||
ताही बसहर सुतेले कवन देव,
गोडे मोड़े चादर तान,
गोडे मोड़े चादर तान।
पैसी जगावेली कवन देई,
उठी स्वामी भईले बिहान,
उठी स्वामी भईले बिहान ||
गईया दुही न भिनुसहरा,
भईले अरघिया के जून,
भईले अरघिया के जून ||
तीन दिन के भूखली धनिया,
बाड़ी जल बिचवे खाड़,
बाड़ी जल बिचवे खाड़।
थर थर कापेला बदनिया,
ओठवा गई ले झुराय,
ओठवा गई ले झुराय ||
6. अरे अंगना तुलसी के गछिया लिरिक्स, Chhath geet lyrics
अरे अंगना तुलसी के गछिया
भूईयवे लोटे हो डाढ़,
अरे अंगना तुलसी के गछिया
भूईयवे लोटे हो डाढ़ ||
अरे ताही तर बाझिन तिरियवा,
अरघ लिहले हो खाढ़,
अरे ताही तर बाझिन तिरियवा,
अरघ लिहले हो खाढ़ ||
अरे सब कर अरघिया
ए दीनानाथ लिहनी जूठार,
अरे सब कर अरघिया
ए दीनानाथ लिहनी जूठार ||
अरे बाझीन के अरघिया
ए दीनानाथ ठहर तवाय |
अरे बाझीन के अरघिया
ए दीनानाथ ठहर तवाय ||
अरे कवन अईगुनवा
ए दीनानाथ बझिन पडल हो नाव,
अरे कवन अईगुनवा
ए दीनानाथ बझिन पडल हो नाव ||
अरे सासू के जवबवा हो दिहलू,
ननदिया के गारी देत,
अरे सासू के जवबवा हो दिहलू,
ननदिया के गारी देत।
अरे बड के लिपल का
ए बाझीन दिहलू तू धांग,
अरे बड के लिपल का
ए बाझीन दिहलू तू धांग ||
अरे एही अईगुनवा
ए तिरिया बाझीन पडल हो नाव,
अरे एही अईगुनवा,
ए तिरिया बाझीन पडल हो नाव ||
7. लिपि ही पोति के कोठरिया लिरिक्स, Chhath geet lyrics
Singer- सरिता तिवारी
लिपि ही पोति के कोठरिया,
ओही में फलवा सजाय ||
लिपि ही पोति के कोठरिया,
ओही में फलवा सजाय ||
गोदी से छटकलन बलकवा,
दिहले फलवा जूठियाय ||
गोदी से छटकलन बलकवा,
दिहले फलवा जूठियाय ||
बबुआ के अम्मा निरदईया,
दिहली चटकन लगाए ||
बबुआ के अम्मा निरदईया,
दिहली चटकन लगाए ||
तड़पी के बोलेली छठी अ मैया,
बबुआ हवे नदान ||
तड़पी के बोलेली छठी अ मैया,
बबुआ हवे नदान ||
8. पहिले पहिल हम कईनी लिरिक्स, Chhath geet lyrics
गीत- पहिले पहिल हम कईनी
सिंगर- शारदा सिन्हा
पहिले पहिल हम कईनी,
छठी मईया व्रत तोहर,
छठी मईया व्रत तोहर ||
करिहा क्षमा छठी मईया,
भूल-चूक गलती हमार,
भूल-चूक गलती हमार ||
गोदी के बलकवा के दिहा,
छठी मईया ममता-दुलार,
छठी मईया ममता-दुलार ||
पिया के सनईहा बनईहा,
मैया दिहा सुख सार,
मैया दिहा सुख सार ||
नारियल केरवा घवदवा,
साजल नदिया किनार,
साजल नदिया किनार ||
सुनिहा अरज छठी मैया,
बढ़े कुल परिवार,
बढ़े कुल परिवार ||
घाट सजवली मनोहर,
मैया तोरा भगती अपार,
मैया तोरा भगती अपार ||
लिहि ए अरग हे मैया,
दिहीं आशीष हजार,
दिहीं आशीष हजार ||
पहिले पहिल हम कईनी,
छठीमैया बरत तोहर,
छठीमैया व्रत तोहर ||
करिहा क्षमा छठी मईया
भूल-चूक गलती हमार
भूल-चूक गलती हमार
भूल-चूक गलती हमार
9. पेन्हि ना बलम जी पियरिया लिरिक्स, Chhath geet lyrics
गीत- पेन्हि ना बलम जी पियरिया
सिंगर- खेसारी लाल यादव
पेन्हि ना बलम जी पियरिया,
चली छपरा के घाट,
चली छपरा के घाट ||
कांच ही बास के बहँगिया,
बहँगी लेके चलब घाट,
बहँगी लेके चलब घाट ||
पेन्हि ना बलम जी पियरिया,
चली छपरा के घाट,
चली छपरा के घाट ||
कांच ही बास के बहँगिया,
बहँगी लेके चलब घाट,
बहँगी लेके चलब घाट ||
बाट जे पूछेला बटोहिया,
बाट जे पूछेला बटोहिया,
ई दल केकरा के जाये,
ई दल केकरा के जाये ||
तू ता आन्हर हउवे रे बटोहिया,
तू ता आन्हर होईबे रे बटोहिया,
ई दल छठी माई के जाये,
ई दल छठी माई के जाये ||
कांच ही बास के बहँगिया,
ता बहँगी लचकत जाये,
बहँगी लचकत जाये,
बहँगी लचकत जाये ||
करी ना सासु अम्मा जी तईयरिया,
अरघ के बेरा बीतल जाय,
अरघ के बेरा बीतल जाय ||
पेन्हि ना ऋषभ के पापा पियरिया,
दउरा घाटे पहुचाये,
दउरा घाटे पहुचाये ||
छठी घाटे करबे डरामा,
ओहिजा हो जाई बवाल,
ओहिजा हो जाई बवाल ||
बबुआ पर चटकन जन चलईह,
दिहल हा छठी माई के लाल,
दिहल हा छठी माई के लाल ||
कृपा बनईह छठी मईया,
खुश रहो नईहर ससुराल,
खुश रहो अंगना दुवार,
खेसारी पा बनवले रइह प्यार ||
10. जय छठी मईया पवन सिंह
बबुआ जे रहिते त माई माई कहिते
जय छठी माँ | जय छठी माँ |
हां.. बबुआ जे रहिते त माई माई कहिते
इहे एगो आसरा ना पुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू |
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो | |
जय छठी मईया |
के लेके जाई हो माथ प दउरवा
के ई करी पियरी ओहार
बिलखी बिलखी रोवे घाटे बँझिनिया
छठी मईया सुन ली गोहार
घाटे कोशी भरती आदित्य नाम धरती
लागल असरवा के तुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू |
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो | |
सुन ली पुकार मईया |
भर दी गोदिया हमार मईया | |
जय छठी मईया |
सभे बरत करता कोशिया के भरता
देखी नैना ढारे हमार लोर
हंसी हंसी दुनिया हो कहता बझिनिया हो
सुनी मन पवन होला थोर
अरुण बिहारी अरज करे दुवारी
अरजी ना तोहरा माँ जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो
दुनिया के ऐ छठी माई सब कुछ दिहलू |
हमरा ला कुछऊ ना जुरल हो | |.